23/10/2025
कई साल से पार्टी के, ढोवत बाड़ें नेताजी,
ना मिलल टिकट तऽ, रोवत बाड़ें नेताजी।
रहले विधायक त गजबे रहल भाव,
नाही रखले केहु से कौनों लगाव।
हाथ जोरि अब गली-गली 😋लईका खोजत बारे नेताजी
टिकट ना मिलल तऽ रोवत बाड़े नेताजी
हित रिश्तेदार से खाली रहल चाव,
चुनाव आईल बा त करत बाड़ें छाव।
लोर बहा के जनता के, अब मोहत बाड़ें नेताजी,ना मिलल टिकट तऽ, रोवत बाड़ें नेताजी।
आज दोष सगरी देत बाड़ें हाई कमान के
कहानी सुनावत बाड़ें अपना बलिदान के
पहिले जवना पार्टी के भक्त रहले ,अब ओही पार्टी कोसत बारे नेता जी ,टिकट ना मिलल त रोवत बाड़े नेताजी
लिस्ट देखावत बाड़ें अपना एहसान के
कबो खबर ना लेहले पब्लिक परेशान के
अब विकल्प निर्दलीय के भी, जोहत बाड़ें नेताजी, ना मिलल टिकट तऽ, रोवत बाड़ें नेताजी।
Writer :- Kumar Radhakrishna The Bihar Tower
R.J.D - राष्ट्रीय जनता दल Tejashwi Yadav