भोजपुरी साहित्य सरिता

भोजपुरी साहित्य सरिता It Describes language,Life style & Culture. भोजपुरी मासिक पत्रिका

नई दिल्ली 'विश्व पुस्तक मेला' में स्टाॅल नं L-18 हॉल नं 2 & 3 पर रउरा सभे के स्वागत बा।
01/02/2025

नई दिल्ली 'विश्व पुस्तक मेला' में स्टाॅल नं L-18 हॉल नं 2 & 3 पर रउरा सभे के स्वागत बा।

पत्रिका के तैयारी में
17/10/2024

पत्रिका के तैयारी में

11/10/2024

हमार बबुआ

11/10/2024

09/10/2024

सुनल जाव

हमार बबुआ------------हाथी पर बइठे ला सायकिल टोवता हमार बबुआ, हो हमार बबुआसमाजवाद ढोवता, हमार बबुआ। मोका रहल खूब मउज उड़वल...
08/10/2024

हमार बबुआ
------------
हाथी पर बइठे ला सायकिल टोवता
हमार बबुआ, हो हमार बबुआ
समाजवाद ढोवता, हमार बबुआ।

मोका रहल खूब मउज उड़वलस
इहाँ बोलाई उहाँ सभके नचवलस
ओही दिनवा खातिर घुमि घूम रोवता ।
हमार बबुआ, हो हमार बबुआ
समाजवाद ढोवता, हमार बबुआ॥

बीतल बरीस दस सरधा न पुराइल
कुरसी कलपब्रिच्छ अबले ना भेंटाइल
जाति धरम के अब्बो पोवना पोवता।
हमार बबुआ, हो हमार बबुआ
समाजवाद ढोवता, हमार बबुआ॥

सोझा धकियवला त काहें ना बुझाइल
तहरे मकड़जाल देखाला अझुराइल
कथनी आ करनी के बेर बेर गोवता।
हमार बबुआ, हो हमार बबुआ
समाजवाद ढोवता, हमार बबुआ॥

टोटी उखरला पर करिखा पोताइल
उहे करिखवा अबो ले ना धोवाइल
अलग अलग साबुन से हर बेर धोवता।
हमार बबुआ, हो हमार बबुआ
समाजवाद ढोवता, हमार बबुआ॥

• जयशंकर प्रसाद द्विवेदी
08/10/2024

अमेजन पर उपलब्ध बा -
03/08/2024

अमेजन पर उपलब्ध बा -

जयशंकर प्रसाद द्विवेदी जी एगो स्वप्नदर्शी कवि हईं बाकिर हवा में उड़े वाला ना । साँच के उर्वर माटी पर ठाढ़ हो के भाव के...

असों एगो आपन गीत संग्रह (दियरिया जरत रहे )
04/07/2024

असों एगो आपन गीत संग्रह
(दियरिया जरत रहे )

10/05/2024
परसुराम जी क सुमिरन ----------------------जमदग्नि सुत के सजी दरबार सखियापरसुराम जी के फिरो पुकार सखिया ॥ श्रेष्ठ रिसिन म...
10/05/2024

परसुराम जी क सुमिरन
----------------------

जमदग्नि सुत के सजी दरबार सखिया
परसुराम जी के फिरो पुकार सखिया ॥

श्रेष्ठ रिसिन मे बाटे जेकर किरितिया
बाबू के खातिर जेकर चर्चित पिरितिया
उनका हिया के अँगना मे उतार सखिया ॥

कन्हिया सोहे जेकरे तिरिया धनुहिया
हाथे फरुहा पुरहर शास्त्रन के रहिया
उनका पउवाँ के लोर से पखार सखिया ॥

मही बिहीन अरि से कइने धरतिया
लौटि फेरु आईं बाबा धूमिल थतिया
अहो हर बेरी उनही के निहार सखिया ॥

• जयशंकर प्रसाद द्विवेदी

कविताएं :-
28/04/2024

कविताएं :-

युवा कवि गोलेन्द्र पटेल की छह कविताएँ :- 1). *मेरा दुःख मेरा दीपक है* _____________________________________________ जब मैं अपनी माँ के गर्...

फागुन के गोइयाँ, बसंत अगुवानी में
03/03/2024

फागुन के गोइयाँ, बसंत अगुवानी में

भोजपुरी साहित्य सरिता , कुछ माई भाखा ( मातृभाषा ) के जुनूनी लोगन भोजपुरी भाषा के प्रचार प्रसार साहित्यिक विकास खाति ...

Address

GF-38, Computer Market, Near Old Bus Stand
Ghaziabad
201001

Alerts

Be the first to know and let us send you an email when भोजपुरी साहित्य सरिता posts news and promotions. Your email address will not be used for any other purpose, and you can unsubscribe at any time.

Contact The Business

Send a message to भोजपुरी साहित्य सरिता:

Share

Category