04/11/2025
✨छठी मैया के किरपा से किस्मत बदले के कहानी✨
कहते हैं ना, जब छठी मईया के कृपा हो जाला, तब साधारण लोग भी असाधारण बन जालें।
मढ़ौरा विधानसभा के अंकित कुमार ओकर जीता-जागता उदाहरण बानी।
किसान परिवार से निकले ई नौजवान के मन में बस एक सपना रहे —
"अपना इलाका बदले के, कुछ नया करे के।"
ना पैसा, ना बड़का सहारा, बस हौसला।
बिना सोचे-समझे नॉमिनेशन भर देले —
लोग हँसे, बोले "ई का विधायक बने वाला सपना देखत बाड़े!"
लेकिन जब छठी मईया कृपा कइलीं,
तब ऊ सपना हकीकत बन गइल।
एनडीए के टिकट मिलल सीमा सिंह के
आशीर्वाद मिलल अंकित के
माने ऊपर वाला खुद इनका साथ दे रहल।
भारी विरोध, टिकट विवाद, सबके बावजूद
अंत में मोदी जी आ नीतीश कुमार के आशीर्वाद
सीधे पहुँचल अंकित कुमार तक।
आज मढ़ौरा विधानसभा में
अंकित कुमार के नाम पर चर्चा छा गइल बा।
छठी मईया के किरपा से,
अब एक आम नौजवान बन गइल बा एनडीए प्रत्याशी।