थावे वाली मईया

थावे वाली मईया थावे मंदिर, जो गोपालगंज, बिहार में स्थित है, एक महत्वपूर्ण हिन्दू धार्मिक स्थल है।

जय थावेवाली माई की !
बिहार प्रान्त के गोपालगंज शहर से मात्र ६ किलो मीटर के दुरी पर सिवान जायेवाला राजमार्ग पर थावे नाम के जगह बा ओहिजा माई थावेवाली के बहुत प्राचीन मंदीर बा | माई थावेवाली के सिंहासिनी भवानी, थावे भवानी और रहषु भवानी भी कहल जाला |
कामरूप (असम) जहा कामख्या देवी के बड़ा प्राचीन और भव्य मंदीर बा माई उहा से थावे अईली एही से माई के कावरू-कामख्या देवी के नाम से भी जानल जाला | थावे में मा

ई कामख्या के बहुत सच्चा भक्त रहषु जी रहनी लेकिन उहा के तत्कालीन राजा मनन सिंह का ई बात में विश्वास ना रहे आ रहषु भगत जी के ढोंगी समझत रहलन | एक दिन राजा मनन सिंह अपना जिद्द पर अड़ गईलन आ रहशु भगत जी के चुनौती दहलन के अगर तू देवी
के असली भगत होख्बा ता अभी देवी के बुलाके देखाव नाता तोहरा के दंड दिहल जाई | रहषु जी के बार-बार समझावाला पर भी राजा मनन सिंह ना मनले , अब रहषु जी के लगे माई के बुलावाला के अलावा कवनो रास्ता ना रहे | रहषु जी माई के सुमिरन कईनी माई कामख्या स्थान से चलली आ कलकाता , पटना, आमी होते हुवे थावे अईली आ साक्षात दर्शन देहली | राजा मनन सिंह के राज-पाट सहित अंत हो गईल |
माई जहा दर्शन देहली ओहिजा उहा के मन्दिर बा | रहषु भगत जी के मन्दिर भी ओहिजा लगले बा | माई के दर्शन के बाद रहषुजी के भी दर्शन करे के चाही तबे माई खुश होखेली | आस-पास में राजा मनन सिंह के महल के खँडहर भी बा |
माई बहुत दयालु आ कृपालु हई अपना शरण में आइल सभकर कल्याण करेली | हर शुख-दुःख में लोग माई के शरण में जाला आ माई केहू के भी निराश ना करेली सभकर मनोकामना पुरा करेली |
केहू का घरे शादी-वियाह होखे तबो लोग माई के आशीर्वाद लेबे जाला, कवनो दुःख-बेमारी होखे तबो लोग मई के शरण में जाला, केहू का कवनो गाड़ी-घोड़ा किनाला ता पहिला पूजा माईकीहा ही होला | माई हर घड़ी आ हार शुख दुःख में आपना भगतन पर करुना आ ममता के छाह राखेली सभकर मंगल करेली |
देश-विदेश में रहेवाला लोग भी जब साल-दूसाल पर अपना घरे आवेला तब ओकरा सभी काम के सूची में थावेवाली माई के दर्शन एक नम्बर में रहेला |
लेकिन एगो अफ़सोस एह बात के बा की आतना महत्व के बावजूद एह स्थान के विकास जेतना होखे के चाही नइखे भईल | आम जनता और प्रशासन के मिलजुल के एह स्थान के समुचित विकास के कोसिस करे के चाही ताकी माई के स्थान विश्व के मानचित्र पर अगो महत्बपूर्ण दर्शानिये स्थल बन जावे |

सूर्य देव और छठी मैया की कृपा सेआपके जीवन में आए नई ऊर्जा, नई उमंग और अपार खुशियाँ।आपका परिवार सदा सुखी, स्वस्थ और समृद्...
25/10/2025

सूर्य देव और छठी मैया की कृपा से
आपके जीवन में आए नई ऊर्जा, नई उमंग और अपार खुशियाँ।
आपका परिवार सदा सुखी, स्वस्थ और समृद्ध रहे।
#छठपूजा #छठमइया #सूर्यउपासना

आज नवरात्रि का दूसरा दिन माँ ब्रह्माचारिणी जी का है | माँ थावे वाली जी के दर्शन मात्र से सारे कष्ट दुर हो जाते है 🙏🙏 🚩
23/09/2025

आज नवरात्रि का दूसरा दिन माँ ब्रह्माचारिणी जी का है | माँ थावे वाली जी के दर्शन मात्र से सारे कष्ट दुर हो जाते है 🙏🙏 🚩

22/07/2025

Hi everyone! 🌟 You can support me by sending Stars - they help me earn money to keep making content you love.

Whenever you see the Stars icon, you can send me Stars!

21/07/2025

https://www.facebook.com/babaneemkarolli
नीम करौली बाबा

नीब करौरी बाबा या नीम करौरी बाबा या महाराजजी (१९००-११ सितंबर १९७३) की गणना बीसवीं शताब्दी के सबसे महान संतों में होती है। इनका जन्म स्थान ग्राम अकबरपुर जिला फ़िरोज़ाबाद उत्तर प्रदेश है जो कि हिरनगाँव से 1किलोमीटर मीटर दूरी पर है।

Address

Thawe
Gopalganj
841440

Alerts

Be the first to know and let us send you an email when थावे वाली मईया posts news and promotions. Your email address will not be used for any other purpose, and you can unsubscribe at any time.

Contact The Business

Send a message to थावे वाली मईया:

Share