30/07/2025
पावर स्टार पवन भइया, ट्रेडिंग स्टार खेसारी भईया, अब कातना रोपया कमाईम रवा सभे,,, भगवान के कृपा से, भोजपुरी दर्शक लोग के प्यार, समर्थन से अरबों रोपया के संपति मिल गइल, सारा दौलत,शोहरत आके गोड़ प गिरल बा,,,करोड़ों प्यार करे वाला फैन पागल रहेले मात्र एक झलक पावे खाती,,,, रउआ लोग लोकप्रियता के सबसे ऊंचाई प बानी,,, बॉलीवुड के भी भोजपुरी भाषी बेल्ट में रउआ लोग के पॉपुलरिटी के अंदाजा बा , केवनो स्टेज शो होखे 2,,4,, लाख आदमी के बोलावे के ना पड़े,,, जन सैलाब उमड़ जाला,,,, यूथ के दिल में एकतरफा राज करतानी लोग,,, यूट्यूब प केवनो गाना आवते एक दीन में,10 मिलियन,20 मिलियन प्यार दुलार मिलता,,,, बाकि भईया एह इलायची के प्रचार जवन होता नू,, एक बार हाथजोड़ी बा पान के गुमटी प जाके देखी, केवन इलायची मिलता,,, हमनी के अवकात नइखे कि,,, एह प्रचार के बारे में सही चाहे गलत कहे के,,, माफ़ी चाह तानी,,,, ई सब बॉलीवुड के कलाकार लोग इलायची के नाम प रोपया कमाए खाती प्रचार प्रसार करेला,,,, बाकि हमनी के भोजपुरी कलाकार लोग के हमनी किहा आपन भाई मानल जाला,, घर घर में बेटा लेखा प्यार मिलेला 🙏🏻🙏🏻❤️❤️