Bhojpuri:Our Pride

Bhojpuri:Our Pride स्वागत बा आपके अपना परिवार में।
आपसब आपन प्यार बनाईले रही।
जय बिहार।
video creator
Blogger

शुभ रात्रि सब केहू के♥️
20/02/2026

शुभ रात्रि सब केहू के♥️

कई सन बानी रउरा सभे 😊😊
20/02/2026

कई सन बानी रउरा सभे 😊😊

सब कोई के नमस्कार ♥️Er Abhishek sapahi
12/02/2026

सब कोई के नमस्कार ♥️
Er Abhishek sapahi

लागे जइसे भार हो गइलजिंदगी हमार हो गइलतिरछा तिरछी आँख जे मिललसोझा सोझी प्यार हो गइलउघार भइल करम काण्ड अबआस्था उलार हो गइ...
10/02/2026

लागे जइसे भार हो गइल
जिंदगी हमार हो गइल

तिरछा तिरछी आँख जे मिलल
सोझा सोझी प्यार हो गइल

उघार भइल करम काण्ड अब
आस्था उलार हो गइल

जवरे कान्हवा बात साथ बा
रतिया तार तार हो गइल

पुरवा गजबे याद के उठल
घाव सब जितार हो गइल

पहिले हमर मन रहे हमार
अचके में तोहार हो गइल

कुमार अभिषेक
सपही से

मेल मोहब्बत के भाव रहे दीं ।गाँव   के हमरा  गाँव  रहे दी।।Bhojpuri:Our Pride Er Abhishek sapahi
08/02/2026

मेल मोहब्बत के भाव रहे दीं ।
गाँव के हमरा गाँव रहे दी।।
Bhojpuri:Our Pride
Er Abhishek sapahi

हम अपना के जारऽतानी ।तबे अन्हारा टारऽतानी ॥​तू कन्जास रहऽ फइलवले,हम बानी न, झारऽतानी।​राउर 'नव–छव' सिखनीं नाहीं;एही से न...
07/02/2026

हम अपना के जारऽतानी ।
तबे अन्हारा टारऽतानी ॥

​तू कन्जास रहऽ फइलवले,
हम बानी न, झारऽतानी।

​राउर 'नव–छव' सिखनीं नाहीं;
एही से न हारऽतानी।

​एकहू में कुछ होखो हलचल;
मुरदन के ललकारऽतानी।

​बेग न सम्हरत बा बबुआ से;
पढ़े बदे फटकारऽतानी।

​राउर खुब उपदेस करेनीं;
कब अपना के सुधारऽतानी?

​बच गइलऽ त आंगे जइबऽ;
बबुनी कनखी मारऽतानी।

कुमार अभिषेक
सपही से

सब कोई के सुबह का प्यार भरा नमस्कार♥️कुमार अभिषेक Er Abhishek sapahi निडर बिहारी
07/02/2026

सब कोई के सुबह का प्यार भरा नमस्कार♥️
कुमार अभिषेक
Er Abhishek sapahi
निडर बिहारी

दुपहरिया में बइठ केहू के याद करे के मजा कुछ आउर होला     जे सब कोई के समझ में ना आई♥️
05/02/2026

दुपहरिया में बइठ केहू के याद करे के मजा कुछ आउर होला
जे सब कोई के समझ में ना आई♥️

गउवा मन लोभावत बिया, चिरइ गित सुनावत बिया ।धुरा आ पतइ के लेके बयरी खेत घुमावत बिया ।गोहरा आ चिपरी खुब ठोकी चाची चुल्ही ज...
05/02/2026

गउवा मन लोभावत बिया,
चिरइ गित सुनावत बिया ।

धुरा आ पतइ के लेके
बयरी खेत घुमावत बिया ।

गोहरा आ चिपरी खुब ठोकी
चाची चुल्ही जरावत बिया ।

मन करे आम खइलाके, पर
धइल मोजरी ललचावत बिया ।

पुर्बी आ पछियाके झोका
घर आगना चिकनावत बिया ।

फेर बचपनके इआरवा हमके
फगुवा खेले बोलावत बिया ।

सबका मन बा गावे रहि , पर
ढेउवा सहर बोलावत बिया ।

कुमार अभिषेक
सपही से

एतना मत रोवाव ज़िनगी.भर जाये दे घाव ज़िनगी.चलत चलत पाँव थकल,मिलल ना ठहराव ज़िनगी.दर्द मिलल अपने में एतना,कि कहले ना कहाव...
05/02/2026

एतना मत रोवाव ज़िनगी.
भर जाये दे घाव ज़िनगी.

चलत चलत पाँव थकल,
मिलल ना ठहराव ज़िनगी.

दर्द मिलल अपने में एतना,
कि कहले ना कहाव ज़िनगी.

जेकरा आस में घामे रहनी,
उहे दिहल ना छाँव ज़िनगी.

केहु समय पे काम ना आइल,
केहु ना दिहल भाव जिनगी.

अब के आपन आ के पराया,
सभे चलल बा दाव ज़िनगी.

देखी के आपन दिन-दशा,
मन बहुते पछताव जिनगी.

नूरैन लोर लेके हँसत रहल,
बस येकरे हऽ नाव जिनगी.

कुमार अभिषेक
सपही से
Er Abhishek sapahi

Address

Sapahi
Patna
841417

Telephone

+917519027124

Website

Alerts

Be the first to know and let us send you an email when Bhojpuri:Our Pride posts news and promotions. Your email address will not be used for any other purpose, and you can unsubscribe at any time.

Contact The Business

Send a message to Bhojpuri:Our Pride:

Shortcuts

Share

Category