24/08/2022
GHP स्कूल के दादागिरी, शुल्क के बारे में पूछला पर अभिभावक वर्ग से दुर्व्यवहार ।
वीरगंज (पर्सा), ८ भादो ।
वीरगंज के पावरहाउस चोक स्थित रहल जि.एच.पि. स्कुल के शिक्षक लोग गुण्डागर्दी पर उतरल बा लोग । शुल्क नाबुझावला कारण विद्यार्थीहरु के परीक्षा देवे से बञ्चित कइले बा अभिभावक लोग शिकायत कइला के बाद अभिभावक संघर्ष समिति के संयोजक सन्दिप साह सहित के टोली विद्यालय में पूछे गइला पर विद्यालय के शिक्षक लोग गुण्डागर्दी में उतरल रहे लोग ।
शुल्क बुझइला पर ही परीक्षा प्रवेश पत्र मिली कहला पर अभिभावक वर्ग संघर्ष समिति के जानकारी करवले रहे । विद्यालय में बालबालिका अध्ययनरत रहेल अवस्था में तनी लेट सबेर शुल्क बुझवाल ही जाला पर परीक्षा अगाड़ी ही सम्पूर्ण शुल्क बुझाहि के पड़ी, नात प्रवेश पत्र ही मिली विद्यालय के कहला के बाद संघर्ष समिति के पदाधिकारी लोग यी समस्या के समाधान खातिर विद्यालय पहुँचल रहे लोग ।
संघर्ष समिति के संयोजक सहित के पदाधिकारी लोग विद्यालय में पहुचते ही विद्यालय के कम्प्युटर शाखा में कार्यरत सन्तोष कुशवाहा आ शिक्षक सुभाष कुशवाहा संघर्ष समिति के पदाधिकारी उपर हातपात सहित दुव्र्यहार करत विद्यालय ग्राउण्ड से बाहर निकाल देहले रहे लोग । संयोजक सन्दिप साह के अनुसार विद्यालय में जम्मा भईल अभिभावक वर्ग के अगाडि यी शुल्क के विषय में बात रखला पर विद्यालय के कर्मचारीद्वय तोहर लईका ईहा ना पढेला, तू के हव ? इहा से निकल कहत दुव्र्यहार तथा हातपात पर उतरल रहे लोग ।
उनका अनुसार एकजने अभिभावक शुल्क बापत के १० हजार बुझावला पर १ दिन ही परीक्षा देवे के मिली, बाँकी पुरा शुल्क बुझवला पर ही सम्पूर्ण परीक्षा देवे के मिली कहत विद्यालय धामकैले रहे प्रमाण ओकर प्रमाण भी बा बतइले। शिक्षकद्वय आ संघर्ष समिति के पदाधिकारी बीच कुछ देर तक तनाव सृजना भइल रहे । विवाद उत्पन्न भइला पर स्थल पर पहुँचल विद्यालय के प्रधानाध्यापिका रोमी कौर भी विवाद के समाधान करे के जगह उहो अभिभावक वर्ग से दुव्र्यवहार ही कइली उनकर कहनाम रहे ।
विवाद पश्चात अभिभावक संघर्ष समिति उक्त घटना के बारे ने वीरगंज महानगरपालि के ध्यानाकर्षण करवात जि.एच.पि. स्कुल के कारवाही के माग कइले बा । संघर्ष समिति के संयोजक सन्दिप साह सहित जि.एच.पि. स्कुल के बालबालिकन के अभिभावक वर्ग के टोली वीरगंज महानगरपालिका के शिक्षा शाखा प्रमुख से मिल के घटना के बारे में जानकारी करावत आवश्यक कारवाही के मांग कइले बा ।